घना जंगल वाला कुदेरमुख राष्ट्रीय उद्यान के पहाड़ियन में, जमाना से रहे वाला अदिवासियन लगे सबसे जरूरी सुविधन के अभाव बा. ओही में से कुथलुरु गांव के मलेकुड़िया समुदाय के लोग भी बाड़ें. ओह लोग के 30 घरन में आजो बिजली आउर पानी ना आवे. कर्णाटक के दक्षिण कन्नड़ जिला के बेलतंगड़ी तालुका में आवे वाला कुथलुरु के एगो किसान श्रीधर मलेकुड़िया कहेलन, “एइजा के लोग के सबसे जादे बिजली चाहीं.”

करीब आठ साल पहिले श्रीधर अपनी घर में बिजली खातिर पिको हाइड्रो जेनरेटर कीनले रहलें. आपन बिजली अपने बनावे वाला 11 घरन में से उनकरो घर रहे. “बाकी घरन में कुछ नईखे – ना बिजली, ना पनबिजली, ना पानी.” अब गांव के 15 घरन में पिको हाइड्रो मशीन से पनबिजली बनेला. छोट वाटर टरबाइन करीब 1 किलोवाट बिजली पैदा करेला. एगो घर में कुछ बलब जलावे खातिर एतना पर्याप्त होखेला.

हालांकि वन अधिकार अधिनियम के लागू भईले 18 बरिस हो गईल बा बाकिर कानून के तहत दिहल गईल पानी, सड़क, स्कूल आ अस्पताल जईसन बुनियादी सुविधा कुदेरमुख राष्ट्रीय उद्यान में रहे वाला लोगन तक नईखे पहुंचल. बिजली भी अइसन सुविधन में से एक बा. एकरा खातिर अनुसूचित जनजाति मलेकुड़िया समुदाय के लोग संघर्ष कर रहल बाड़ें.

वीडियो देखीं: ‘बिजली बिना लोग कठिन जीवन गुजार रहल बा’

आखिर में: ई वीडियो 2017 में बनावल गईल रहे. आज भी कुथलुरु में बिजली ना आवे

अनुवाद: विमल चन्द्र पाण्डेय

Vittala Malekudiya

Vittala Malekudiya is a journalist and 2017 PARI Fellow. A resident of Kuthluru village in Kudremukh National Park, in Beltangadi taluk of Dakshina Kannada district, he belongs to the Malekudiya community, a forest-dwelling tribe. He has an MA in Journalism and Mass Communication from Mangalore University and currently works in the Bengaluru office of the Kannada daily ‘Prajavani’.

Other stories by Vittala Malekudiya
Editor : Vinutha Mallya

Vinutha Mallya is a journalist and editor. She was formerly Editorial Chief at People's Archive of Rural India.

Other stories by Vinutha Mallya
Translator : Vimal Chandra Pandey

Vimal Chandra is a journalist, film maker, writer and translator based in Mumbai. An activist associated with the Right to Information Movement, Vimal is a regular contributor of a Bhojpuri column ‘Mati ki Paati’ in the Hindi daily, Navbharat Times, Mumbai.

Other stories by Vimal Chandra Pandey